Skip to main content

Sharechat Boost Post FAQ

1. जब हमार पोस्ट बूस्ट कईल जाला, त हमरा के आपन पोस्ट पे Promoted टैग काहें दिखेला?

बूस्ट एगो विज्ञापन बा, जहां पहिले से निर्धारित व्यूज खातिर राउर पोस्ट के प्रमोट कईल जाला। चूंकि रउवा ईहां विज्ञापन देवेनी, एही खातिर ई रउवा के दिखाई देवेला।

2. क्या हम म्यूजिक के साथ पोस्ट बूस्ट कर सकेनी?

ना, रउवा म्यूजिक लाइब्रेरी या कवनो भी अन्य कॉपीराइट म्यूजिक के साथ पोस्ट बूस्ट ना कर सकेनी

3. एक बार में केतना पोस्ट बूस्ट कईल जा सकेला?

बूस्ट फ्लो में, रउवा एक बार में 1-5 पोस्ट चुन सकेनी

4. अगर हम एक से अधिक पोस्ट चुनेनी, त पोस्ट बूस्ट कईसे कईल जाई?

अगर रउवा एगो से अधिक पोस्ट के चुनेनी, त पैकेज के हिसाब से व्यूज के बांट दिहल जाई।

अगर रउवा 4 अलग-अलग पोस्ट चुनेनी अउर '5000 व्यूज खातिर 99' के पैकेज के इस्तेमाल करके बूस्ट रिक्वेस्ट करेनी त कृपया ध्यान दीं कि एकर ई मतलब नईखे कि 4 पोस्ट में सबकरा के 5000 व्यूज मिली। ई 4 पोस्ट के बीच 5000 व्यूज रैंडम तरीका से बांटल जाई।

हमनी के द्वारा बतावल गईल व्यूज या अन्य कवनो संख्या केवल अनुमानित बा, जवन बतावल गईल संख्या से ज्यादा या कम हो सकेला।

5. हमरा प्रोफाइल पे बूस्ट फीचर कईसे काम करी?

SC बूस्ट से मिलल अतिरिक्त व्यूज सामान्य व्यूज के इफेक्ट ना करी

6. पोस्ट बूस्ट कईला के बाद का हमरा के माइलस्टोन इनाम मिली?

SC बूस्ट से प्राप्त अतिरिक्त व्यूज के माइलस्टोन-आधारित इनाम में ना गिनल जाई

7. का हम व्यावसायिक/ब्रांडेड कंटेंट वाला पोस्ट के बूस्ट कर सकेनी

व्यावसायिक/ब्रांडेड कंटेंट वाला पोस्ट के बूस्ट कईल जा सकेला, पर उ शेयरचैट विज्ञापन पॉलिसी के पालन करे के चाही।

8. रिव्यू करत समय कईसन पोस्ट रिजेक्ट हो जाई?

अईसन कवनो भी पोस्ट के प्रमोट ना कईल जा सकेला, जेकरा में हमनी के लाइब्रेरी से म्यूजिक के इस्तेमाल कईल गईल होखे या जवन शेयरचैट के उपयोग के शर्तों, विज्ञापन पॉलिसी, सामुदायिक दिशानिर्देशों या लागू होखे वाला कवनो भी अन्य कानून के उल्लंघन करत होखे।

9. पोस्ट के रिव्यू होखे में केतना समय लगेला?

पोस्ट के रिव्यू अउर बूस्ट होखला में 48 घंटा तक के समय लग सकेला।

10. पेमेंट लगभग केतना समय में हो जाला?

पेमेंट के हमनी तक पहुंचे अउर पूरा होखला में 3-5 व्यावसायिक दिन लग सकेला

11. का होई अगर पैसा कट जाला अउर उ बूस्ट करे खातिर शेयरचैट के पास ना पहुंचेला?

कब्बो-कब्बो, पेमेंट राउर खाता से कट जाला, लेकिन हमनी के खाता में ना पहुंचेला, पेमेंट स्टेटस 'पेमेंट फेल' में दिखाई देवेला। अईसन स्थिति में, बैंक 3-5 व्यावसायिक दिन में राउर खाता में पेमेंट वापस कर दी।

12. जब पोस्ट बूस्ट हो रहल बा, त का हम रिफंड खातिर रिक्वेस्ट कर सकेनी?

बूस्ट रिक्वेस्ट स्वीकार होखला पे अउर 'बूस्ट के प्रक्रिया' के स्टेज में रिफंड ना कईल जा सकेला।

13. हम रिफंड खातिर रिक्वेस्ट कब कर सकेनी?

यदि बूस्ट रिक्वेस्ट अस्वीकार हो जाला, त रिफंड के प्रक्रिया अपने आप शुरू हो जाई। रिक्वेस्ट अस्वीकार होखला के तारीख से 5-7 व्यावसायिक दिन में राउर पास रिफंड आ सकेला।