डेली स्ट्रीक
स्ट्रीक्स!
फेमस होखे खातिर नियमित रूप से पोस्ट करत रहीं!
वीकली स्ट्रीक
1. वीकली स्ट्रीक का होखेला?
वीकली स्ट्रीक के पूरा करे खातिर एक सप्ताह में कम से कम 3 पोस्ट बनाईं।
वीकली स्ट्रीक स्कोर के उदाहरण
- पहले हफ्ता में कम से कम 3 पोस्ट बनाईं, राउर वीकली स्ट्रीक स्कोर 1 हो जाई
- पहिला अउर दूसरा हफ्ता में कम से कम 3 पोस्ट बनाईं, राउर वीकली स्ट्रीक स्कोर 2 हो जाई
- इ तरह, लगातार 5 हफ्ता में कम से कम 3 पोस्ट बनाईं, राउर वीकली स्ट्रीक स्कोर 5 हो जाई
2. डेली स्ट्रीक का होखेला?
उ दिन के डेली स्ट्रीक के पूरा करे खातिर दिन में कम से कम 1 पोस्ट बनाईं।
डेली स्ट्रीक स्कोर के उदाहरण
- एक दिन में कम से कम 1 पोस्ट बनाईं, राउर डेली स्ट्रीक स्कोर 1 हो जाई
- पहिला दिन कम से कम 1 पोस्ट बनाईं अउर दूसरा दिन राउर डेली स्ट्रीक स्कोर 2 हो जाई
- इ तरह, लगातार 5 दिन में कम से कम 1 पोस्ट बनाईं, राउर डेली स्ट्रीक स्कोर 5 हो जाई
3. माइलस्टोन
हीरो
उ हफ्ता के स्ट्रीक हासिल करे खातिर
सुपरस्टार
सोमवार से रविवार तक लगातार 7 दिन पोस्ट करे खातिर
4. लंबा समय तक वीकली/डेली स्ट्रीक बनावल काहें जरूरी बा?
- राउर रीच में सुधार करेला अउर वायरल होखे के संभावना भी बढ़ा देवेला
- पहिले से जुड़ल यूजर्स के साथ एक्टिव रूप से जुड़ला में मदद करेला
- रिलेशन बनाईं अउर आपन वीडियो खातिर नया यूजर के आकर्षित करीं
- ज्यादा फॉलोवर्स बढ़ावे में राउर मदद करेला
- राउर क्रिएशन क्वॉलिटी के बेहतर बनावे में राउर मदद करेला- जेतना ज्यादा रउआ क्रिएट करब, उतना ही ज्यादा रउआ प्लेटफॉर्म के बेहतर तरीका से समझब
- राउर पास पर्पल/गोल्डन बैज पावे के संभावना बढ़ जाला
5. राउर वीकली स्ट्रीक 0 पर कब रीसेट होई?
- वीकली स्ट्रीक के बनउला रखे खातिर, हर हफ्ता लगातार आपन कंटेंट बनावत रहीं अउर हर हफ्ता सोमवार से रविवार के बीच कम से कम 3 पोस्ट बनाईं
- अगर रउआ एक हफ्ता में कंटेंट बनावे से चूक जानी, त राउर वीकली स्ट्रीक जीरो पे रीसेट हो जाई। एहकर मतलब बा, राउर स्ट्रीक के फिर से जीरो से शुरू करे के पड़ी
- अइसन पोस्ट जवन शेयरचैट कम्युनिटी गाइडलाइन्स के पूरा करेला अउर जवन क्रिएटर्स द्वारा डिलीट ना कइल गइल बा, केवल उहे स्ट्रीक्स खातिर विचार कइल जाई
6. राउर डेली स्ट्रीक 0 पे कब रीसेट होई?
- हर रोज कम से कम 1 अच्छा क्वालिटी वाला कंटेंट पोस्ट करीं। अगर रउआ एक दिन में कौनो भी कंटेंट बनावे से चूक जात बाड़ी , त राउर डेली स्ट्रीक जीरो पे रीसेट हो जाई। यानी रउआ के स्ट्रीक के फिर से जीरो से शुरू करे के पड़ी।
- अगर रउआ आज बनावल गइल पोस्ट के डिलीट करेनी त आज बनावल गइल राउर नेट पोस्ट 0 होई अउर राउर स्ट्रीक स्कोर 0 पे रीसेट हो जाई
7. वीकली स्ट्रीक खातिर अवधि के मान्यता का बा?
- सोमवार से रविवार
8. अगर रउआ कवनो हफ्ता में क्रिएट कइल भूल जात बानी त का होई?
- राउर वीकली स्ट्रीक जीरो पे रीसेट हो जाई। रउआ 3 नया कंटेंट बना के फिर से स्ट्रीक शुरू कर सकेनी
- अगर रउआ स्ट्रीक मिस कर देत बानी त इ सुझाव बा कि जेतना जल्दी हो सके 3 नया पोस्ट पोस्ट करीं, अउर स्ट्रीक शुरू करीं
9. आपन वीकली स्ट्रीक के हर हफ्ता सेव करे खातिर रउआ के केतना पोस्ट करे के जरूरत बा?
- हर हफ्ता में कम से कम 3 पोस्ट करे के पड़ी
10. हम हर रोज 3 पोस्ट कर रहल बानी, हमरा के का करे के चाही?
- रउआ पहिले से ही बहुत अच्छा कर रहल बानी। इ जारी रखीं। सुनिश्चित करीं कि रउआ हर हफ्ता ई जारी रखब
आपन स्ट्रीक बनउला रखे खातिर कुछ सुझाव
आपन पसंद खोजीं, अउर उ जारी रखीं
शानदार कंटेंट कैंपेन अउर आइडिया खातिर नियमित रूप से 'क्रिएटर हब' के चेक करत रहीं
हर दिन एक्सप्लोर पेज चेक करत रहीं, अउर ट्रेंडिंग #हैशटैग चैलेंज में भाग लिहीं
नियमित रूप से नया मोशन वीडियो टेम्प्लेट देखीं अउर उनकर इस्तेमाल करके क्रिएट करीं
Note: वीकली अउर डेली दोनों स्ट्रीक्स स्कोर के गिनती 4 अप्रैल (सोमवार), 2022 से शुरू कइल जाई